dcsimg
Image of Common Dandelion
Creatures » » Plants » » Dicotyledons » » Composite Family »

Common Dandelion

Taraxacum officinale Weber ex Wigg.

टॅराक्सॅकम ऑफिशिनाले ( Bihari languages )

provided by wikipedia emerging languages
Dandelion in bloom
Ripe fruits
दुधाल भा डैंडलायन के फूल (बायें) आ पाकल फर (दहिने)

टॅराक्सॅकम ऑफिशिनाले[1] (Taraxacum officinale) जेकरा के आम दुधाल भा अंगरेजी में डैंडलायन कहल जाला, एगो फूलदार पौधा हवे। ई दुधाल जाति के पौधा सभ के एगो प्रजाति हवे जे सभसे बहुतायत से पावल जाला। एकर फूल छोट-छोट आ पीयर रंग के होलें।

अंगरेजी नाँव डैंडलायन के बारे में बतावल जाला कि ई डेंट ऑफ लायन (शेर के दाँत) के बदलल रूप हवे; संस्कृत में एकरा के सिंहपर्णी भी कहल जाला,[2] काहें से कि एकर पतई के दुनों किनारा टेढ़-टाढ़ दांत नियर होखे लीं। अंगरेजी में एकर एगो अउरी नाँव ब्लोबाल हवे[3] काहें से कि एक्ट पाकल गोल फर छुअले पर, या फिर एकदम पाक जाए पर अपने आप, कई छोट भुनगा नियर हिस्सा में फूट के उधिया जाला।

आयुर्वेद में एह पौधा के इस्तेमाल पित्त, पथरी आ अउरी लीवर संबंधी समस्या के इलाज करे में आ गठिया में लाभदायक बतावल गइल बा।[2]

संदर्भ

  1. Adrian John Richards (1985). "Sectional nomenclature in Taraxacum (Asteraceae)". Taxon (journal). 34 (4): 633–644. JSTOR 1222201.
  2. 2.0 2.1 Nam H Nguyen (24 February 2018). Essential 18000 Medical Words Dictionary In English-Hindi. Nam H Nguyen. पप. 588–. GGKEY:XUEZAPYTLH2.
  3. "blowball". TheFreeDictionary.com.
license
cc-by-sa-3.0
copyright
Wikipedia authors and editors