सिंह (अंगरेजी: Lion, लायन; बैज्ञानिक नाँ.: Panthera leo) एगो बड़हन साइज के मांसाहारी जानवर हवे। बैज्ञानिक रूप से ई फैलिडाई परिवार के पैन्थेरा बंस के सदस्य हवे। फैलिडाई परिवार के ई दुसरा सभसे बड़ साइज वाला सदस्य हवे, बाघ के बाद। इतिहासी रूप से ई भारत के पच्छिमी हिस्सा से ले के सहारा रेगिस्तान के किनारे वाला हिस्सा सभ तक आ दक्खिनी अफिरका तक ले पावल जायँ, हालाँकि अब इनहन के इलाका बहुत सकेत हो चुकल बाटे।