dcsimg

पिट्टा ( 比哈爾語 )

由wikipedia emerging languages提供

पिट्टा उष्णकटिबंधीय एशियाऑस्ट्रेलिया के पैसराइन चिरई सभ के परिवार हवे जवना के पिट्टीडाई (Pittidae) के नाँव से जानल जाला। इनहन के कुछ प्रजाति अफिरका में भी पावल जालिन। पिट्टा सभ, आमतौर पर एकही नियर आकार-प्रकार आ रंगरूप अउरी आदत वाला होलें। सन् 2009 में इन्हन के तीन गो जाति (genus) में बाँटल गइल। Pitta जीनस, ErythropittaHydrornis पिट्टा नाँव, भारत के आंध्रप्रदेश में बोलल जाये वाली भाषा तेलुगु में हवे जवन सभ जगह प्रचलित हो गइल। पिट्टा के आकार आमतौर पर 15 से 25 सेमी (5.9–9.8 इंच) लंबाई वाला, बड़हन गोलाई वाला (stocky), आ लंबा टांग वाला होलें। इनहन के पोंछ बहुत छोट होले। सगरी त ना, बाकी अधिकतर पिट्टा सभ चमकीला रंग के होलें।[1]

आमतौर पर इ चिरई जंगल के निचला हिस्सा, जमीन के नजदीक, में रहे ली।[1] इन्हन के कई ठे प्रजाति माइग्रेटरी (सीजन के हिसाब से एक जगह से दूसर जगह प्रवास करे वाली) भी होलीं।

पिट्टा के कई ठो प्रजाति बिलुप्त होखे के कगार पर भी बाड़ी। इन्हन में Gurney's pitta, के आइयूसीएन के लाल सूची में खतरा में की श्रेणी में रखल गइल बाटे।[2] अउरी आठ गो प्रजाति खतरा के संभावना वाली (vulnerable) भी बतावल गइल बाड़ी।[3] जंगल के तेजी से भइल बिनास इन्हन के आवास में कमी कइले बाटे, जवन इन्हन के ऊपर खतरा के मूल कारण बनल बा।

प्रजाति सभ के लिस्ट

 src=
भारतीय पिट्टा या नवरंग
 src=
ब्लू हेडेड पिट्टा, नर बायें आ मादा दहिने, ई प्रजाति बोर्नियो में पावल जाले आ खतरा में बा।
Hydrornis
Erythropitta
Pitta

संदर्भ

  1. 1.0 1.1 McClure, H. Elliott (1991). Forshaw, Joseph, संपा. Encyclopaedia of Animals: Birds. London: Merehurst Press. पप. 159–160. ISBN 1-85391-186-0.
  2. BirdLife International (2008). "Gurney's Pitta Pitta gurneyi". IUCN Red List. IUCN. पहुँचतिथी 7 मई 2009.
  3. BirdLife International (2008). "Pittidae". Data Zone. पहुँचतिथी 7 मई 2009.

許可
cc-by-sa-3.0
版權
Wikipedia authors and editors
原始內容
參訪來源
合作夥伴網站
wikipedia emerging languages

पिट्टा: Brief Summary ( 比哈爾語 )

由wikipedia emerging languages提供

पिट्टा उष्णकटिबंधीय एशियाऑस्ट्रेलिया के पैसराइन चिरई सभ के परिवार हवे जवना के पिट्टीडाई (Pittidae) के नाँव से जानल जाला। इनहन के कुछ प्रजाति अफिरका में भी पावल जालिन। पिट्टा सभ, आमतौर पर एकही नियर आकार-प्रकार आ रंगरूप अउरी आदत वाला होलें। सन् 2009 में इन्हन के तीन गो जाति (genus) में बाँटल गइल। Pitta जीनस, ErythropittaHydrornis पिट्टा नाँव, भारत के आंध्रप्रदेश में बोलल जाये वाली भाषा तेलुगु में हवे जवन सभ जगह प्रचलित हो गइल। पिट्टा के आकार आमतौर पर 15 से 25 सेमी (5.9–9.8 इंच) लंबाई वाला, बड़हन गोलाई वाला (stocky), आ लंबा टांग वाला होलें। इनहन के पोंछ बहुत छोट होले। सगरी त ना, बाकी अधिकतर पिट्टा सभ चमकीला रंग के होलें।

आमतौर पर इ चिरई जंगल के निचला हिस्सा, जमीन के नजदीक, में रहे ली। इन्हन के कई ठे प्रजाति माइग्रेटरी (सीजन के हिसाब से एक जगह से दूसर जगह प्रवास करे वाली) भी होलीं।

पिट्टा के कई ठो प्रजाति बिलुप्त होखे के कगार पर भी बाड़ी। इन्हन में Gurney's pitta, के आइयूसीएन के लाल सूची में खतरा में की श्रेणी में रखल गइल बाटे। अउरी आठ गो प्रजाति खतरा के संभावना वाली (vulnerable) भी बतावल गइल बाड़ी। जंगल के तेजी से भइल बिनास इन्हन के आवास में कमी कइले बाटे, जवन इन्हन के ऊपर खतरा के मूल कारण बनल बा।

प्रजाति सभ के लिस्ट  src= भारतीय पिट्टा या नवरंग  src= ब्लू हेडेड पिट्टा, नर बायें आ मादा दहिने, ई प्रजाति बोर्नियो में पावल जाले आ खतरा में बा। Hydrornis en:Eared pitta, Hydrornis phayrei en:Blue-naped pitta, Hydrornis nipalensis en:Blue-rumped pitta, Hydrornis soror en:Rusty-naped pitta, Hydrornis oatesi en:Schneider's pitta, Hydrornis schneideri en:Giant pitta, Hydrornis caerulea en:Blue-headed pitta, Hydrornis baudii नीला पिट्टा (Blue pitta) , Hydrornis cyanea en:Bar-bellied pitta, Hydrornis elliotii en:Javan banded pitta, Hydrornis guajana en:Malayan banded pitta, Hydrornis irena en:Bornean banded pitta, Hydrornis schwaneri en:Gurney's pitta, Hydrornis gurneyi Erythropitta en:Whiskered pitta, Erythropitta kochi en:Red-bellied pitta, Erythropitta erythrogaster en:Blue-banded pitta, Erythropitta arquata en:Garnet pitta, Erythropitta granatina en:Graceful pitta, Erythropitta venusta Black-headed pitta, Erythropitta ussheri Pitta हुडेड पिट्टा, Pitta sordida en:Ivory-breasted pitta, Pitta maxima en:Superb pitta, Pitta superba en:Azure-breasted pitta, Pitta steerii en:African pitta, Pitta angolensis en:Green-breasted pitta, Pitta reichenowi भारतीय पिट्टा, Pitta brachyura en:Fairy pitta, Pitta nympha en:Blue-winged pitta, Pitta moluccensis en:Mangrove pitta, Pitta megarhyncha en:Elegant pitta, Pitta elegans en:Noisy pitta, Pitta versicolor en:Black-faced pitta, Pitta anerythra en:Rainbow pitta, Pitta iris en:Sula pitta, Pitta dohertyi
許可
cc-by-sa-3.0
版權
Wikipedia authors and editors
原始內容
參訪來源
合作夥伴網站
wikipedia emerging languages