टॅराक्सॅकम भा टैराक्साकम (Taraxacum) या आम भाषा में दुधाल, दुदाल या बारान[2] (अंगरेजी: Dandelion) फूल दार पौधा सभ के एगो बड़हन जाति हवे जेह में कई गो प्रजाति सामिल बाड़ी। इनहन में आमतौर पर पीयर भा सुफेद रंग के छोट-छोट गोल फूल फुलालें आ ओकरे बाद फूल के पंखुरी झर जाए पर गोल फर निकले ला, पाके पर ई फर बहुत सारा टुकड़ा में छितरा जाला आ हवा में उधिया के एक जगह से दुसरे जगह ले एकर बीया चहुँप जाला। आमतौर पर ई समशीतोष्ण कटिबंध के पौधा हवे बाकी कई गरम इलाका सभ में भी पावल जाला।