dcsimg

खैरा बकुला ( لغات بيهاري )

المقدمة من wikipedia emerging languages

 src=
Ardea cinerea

खैरा अंजन भा खैरा बकुला भा खाली खैरा(अंगरेजी: Grey heron) (Ardea cinerea) चिरइन के बकुला परिवार के सदस्य हवे। हिंदी में एकरा के नारीसैन भी कहल जाला।[2] आम बोलचाल के भासा में बकुला कहि के भी काम चल जाला हालाँकि, बकुला कई ठे प्रजाति के चिरई सभ के कहल जाला आ ई असल में कौनों प्रजाति के नाँव ना हवे बलुक चिरइन के परिवार हवे जवना में कुल साठ गो से ढेर प्रजाति बाड़ी।

खैरा एगो लमहर टाँग वाली आ लमछर आकार वाली पनिहा शिकारी चिरई हवे। ई बकुला परिवार, आर्डेडाई, के सदस्य चिरई के प्रजाति लगभग पूरा शीतोष्ण कटिबंधी यूरोपएशिया में आ अफिरका के कुछ हिस्सा में पावल जाले। आमतौर पर ई चिरई अपने पूरा इलाका में साल भर निवास करे वाली हवे बाकी ढेर उत्तर के ओर वाला इलाका में से ई जाड़ा के दिन में दक्खिन ओर प्रवास करे चलि आवेलीं। नमभूमि के निवासी ई चिरई अक्सर झील, ताल, तालाब, पोखरा गड़ही आ नद्दी-नाला आ दलदली भूमि के आसपास देखाई पड़े ले। एकर भोजन मुख्य रूप से पनिहा जीव जंतु होलें जिनके शिकार ई पानी में एक जगह स्थिर खड़ा हो के लगे अइला पर चोंच मार के भी करे ले आ किनारे पर खड़ा होके लगे के छिछला पानी में लपक के भी पकड़े ले।

खड़ा होखला पर लगभग एक मीटर के ऊँचाई वाली ई चिरई सभ के सयान सदस्य के वजन लगभग 1 से 2 किग्रा (2.2 से 4.4 पाउंड) होला। इनहन के मूँड़ी आ गर्दन सफेद रंग के होला आ गर्दन पर एगो करिया पट्टी नियर आँख के ऊपर से मूँड़ के पाछे से गर्दन की ओर होला। गर्दन के निचला हिस्सा में एगो पातर पट्टी होले। शरीर आ पाँख के रंग मटियाहूँ (gray) रंग के होला आ शरीर के निचला, पेट के ओर के हिस्सा हल्का मटियाहूँ लिहले उज्जर रंग के होला। पाँख के ऊपर करिया पट्टी भी होला। तेज नोक वाली चोंच गुलाबी आभा लिहले पियर रंग के होला।

ई चिरई अपना कॉलोनी बना के एक साथे बच्चा देली कुल। बच्चा पैदा करे के समय बसन्त के होला जब ई ऊँच फेड़ सभ पर "बकुलाहट" में घोंसला बना के अंडा देवे लीं। एक बेर में तीन से पांच गो अंडा देलिन। अंडा के नर आ मादा दुनो मिल के करीब 25 दिन ले सेवे लीं, बच्चा निकलला पर चारा चुगावे के काम भी दुनो परानी करे लीं।

इहो देखल जाय

संदर्भ

  1. बर्डलाइफ इंटरनेशनल (2012). "Ardea cinerea". IUCN Red List of Threatened Species. Version 2013.2. International Union for Conservation of Nature. पहुँचतिथी 22 जनवरी 2016.CS1 maint: Uses authors parameter (link)
  2. चिरई सभ के नाँव
ترخيص
cc-by-sa-3.0
حقوق النشر
Wikipedia authors and editors
النص الأصلي
زيارة المصدر
موقع الشريك
wikipedia emerging languages

खैरा बकुला: Brief Summary ( لغات بيهاري )

المقدمة من wikipedia emerging languages
 src= Ardea cinerea

खैरा अंजन भा खैरा बकुला भा खाली खैरा(अंगरेजी: Grey heron) (Ardea cinerea) चिरइन के बकुला परिवार के सदस्य हवे। हिंदी में एकरा के नारी आ सैन भी कहल जाला। आम बोलचाल के भासा में बकुला कहि के भी काम चल जाला हालाँकि, बकुला कई ठे प्रजाति के चिरई सभ के कहल जाला आ ई असल में कौनों प्रजाति के नाँव ना हवे बलुक चिरइन के परिवार हवे जवना में कुल साठ गो से ढेर प्रजाति बाड़ी।