dcsimg
Image of Madagascar periwinkle
Creatures » » Plants » » Dicotyledons » » Dogbane Family »

Madagascar Periwinkle

Catharanthus roseus (L.) G. Don

गुलाबी सदाबहार ( Bihari languages )

provided by wikipedia emerging languages

गुलाबी सदाबहार (Catharanthus roseus, कैथेरेंथस रोज़स/रोस़स) एगो फूलवाला पौधा के प्रजाति हवे जे सदाबहार (कैथेरेंथस जाति) के आठ गो प्रजाति सभ में से एक हवे। सदाबहार सभ में बारहों महीना फूल फुलालें आ एह सदाबहार में फूल गुलाबी भा सफेद रंग के होलें। अंगरेजी में एकरा के पिंक पेरिविंकल कहल जाला। मूल रूप से ई मैडागास्कर के पौधा हवे हालाँकि अब लगभग पूरा दुनिया में गरम आ कुछ गरम (शीतोष्ण) इलाका सभ में होला। भारत-पाकिस्तान में ई आम सजावटी पौधा हवे जेकरा लोग अपना घरे कियारी भा गमला में लगावेला।

एह पौधा के सोर, पतैई आ फूल सभ के जड़ी-बूटी नियर इस्तेमाल होला। आधुनिक मेडिकल साइंस में एकरे पौधा से निकासल एल्केलाइड सभ के कई बेमारी सभ के इलाज में इस्तेमाल होला।

गैलरी

संदर्भ

  1. "Catharanthus roseus". World Checklist of Selected Plant Families (WCSP). Royal Botanic Gardens, Kew. पहुँचतिथी 4 अगस्त 2019.

license
cc-by-sa-3.0
copyright
Wikipedia authors and editors